निमिया के डाढी मईया,
डालेली आसनवा,
की झूमी झूमी ना,
मईया झुलेली झुलनवा,
की झूमी झूमी ना।।
सातो रे बहिनिया के,
भैरो हवे भईया,
आदिशक्ति देवी के,
अनेक बाटे नईया,
जेकरा सहारा नईखे,
मईया देली वरदनवा,
की झूमी झूमी ना।।
कामरु कमख्या,
कलकत्ता वाली काली,
मईहर में शारदा,
विंध्याचल विंधवाली,
काश्मीर में वैष्णो देवी,
जानेला जहानवा,
की झूमी झूमी ना।।
आरा आयरनदेवी,
बिहिया में महथिन दाई,
शीतला बनारस बारी,
अन्नपूरणा माई,
बड़ा भीड़ होला ओहिजा,
धनतेरस के विहनवा,
की झूमी झूमी ना।।
रजरप्पा छिन्नमस्तिका,
कैमुर तारारानी,
बाड़ी उजियार घाट,
मंगला भवानी,
गहमर सकरागढ़ में,
कामाख्या अस्थनावा,
की झूमी झूमी ना।।
भलुनी भवानी,
पटनदेवी थावे वाली,
बाड़ी डुमरांव डुमरेदनी,
अउरी काली,
सावन सप्तमी के चढ़े,
पुआ पकवनवा,
की झूमी झूमी ना।।
निमिया के डाढी मईया,
डालेली आसनवा,
की झूमी झूमी ना,
मईया झुलेली झुलनवा,
की झूमी झूमी ना।।
Singer – Bharat Sharma